Wednesday 6 January 2016

जगहिया उ खुदे बनावेला

वक़्त के मांग के आपन ढ़ाल जे बना पावेला।
बिगड़ल भगिया के उ खुद ही चमकावेला।।

पपनिया के वक़्त के साथ जे झपकावेला।
राह के कांटन के उ खुद ही हटा पावेला।।

निर्मल जे आपन सोच के राख पावेला।
संस्कृति आ संस्कार के उहे बचा पावेला।।

जाति,धर्म आ व्यक्तिगत रंजिश से ऊपर जे उठ पावेला।
समाज में फईलल कुरीतियन के उहे मिटा पावेला।।

परम्परा आ विश्वास के जे जोगा पावेला।
सबसे अलग पहचान उहे  बना पावेला।।

खुद-ब-खुद सबका के जे आपन बना पावेला।
सभकर दिलवा में जगहिया उ खुदे बनावेला।।

2 comments:

  1. bahut sunder bhojpuri kavita,badhayi.

    ReplyDelete
    Replies
    1. आभार चाची जी,जय भोजपुरी।

      Delete